Author: Editor

दिल्ली में भाजपा के नेता लोग गिरफ्तार कर के फेर छोड़ल गइल

हिंदू आतंकवाद के बाति कहे वाला गृह मंत्री शिंदे का खिलाफ आजु भाजपा के बड़का नेता दिल्ली में प्रदर्शन कइलें. ओह लोग के कहना बा कि आजादी का बाद से आजु ले आतंकवाद खातिर कबो कवनो मजहब के नाम ना लिहल गइल बाकिर शिंदे बिना कवनो सुबूत...

Read More

दू दिन के हड़ताल से पूरा देश में जनजीवन अस्तव्यस्त

बेहतर पगार आ सेवाशर्त ला देश भर के कामगार यूनियन मिल के दू दिन के हड़ताल पर चल गइल बाड़ी सँ जवना चलते आजु देश भर में जीवन अस्तव्यस्त हो गइल. कुछे जगह बेसी त कुछ जगहा मामूली असर देखे के मिलल एह हड़ताल...

Read More

गोरखपुर में भाई के दोस्त पर इज्जत लूटे के आरोप लगवलसि एगो लइकी

गोरखनाथ के बनकटवा के एगो छात्रा अपना भाई के दोस्त पर ओकरा के अगवा कर के ओकर आबरू लूट लेबे के आरोप लगवले बिया. ओकरा संदेह बा कि एह कुकर्म के वीडियो बना लिहल गइल बा. ओह छात्रा के बाप के तहरीर पर पुलिस चार लोग पर मुकदमा लिख के...

Read More

भाटपाररानी उप चुनाव के तइयारी आखिरी चरण में

भाटपाररानी विधानसभा क्षेत्र के उप चुनाव के तइयारी अपना आखिरी चरण में चहुँप गइल बा. एहिजा 23 फरवरी के मतदान करावल जाई. मतदाता लोग में विश्चास जमावे खातिर सीआरपीएफ टीम मंगल का दिने भटनी, लार समेत अनेके गाँवो में फ्लैग मार्च...

Read More

देवरिया में असलहा देखा के तीस हजार लूटले स बदमाश

देवरिया कोतवाली के तारासारा गाँव का लगे मंगल के उपरि बेरा बाइक सवार दू गो लुटेरा असलहा का बल पर एगो आदमी से तीस हजार रुपिया लूट लिहले स. उसरा बाजार के एगो आदमी स्टेट बैंक से रुपिया निकाल के अपना साइकिल से गाँवे आवत रहुवे तले...

Read More

Recent Posts