Arjun Munda has been elected the leader of BJP legislature party and has claimed to form a government meeting the governor. Accompanying him were the leaders of JMM, AJSU, JDU and two independent MLAs. Arjun Munda now has the support of 45 MLAs and enjoys clear majority.
शिबू सोरेन के इस्तीफा का बाद से राष्ट्रपति शासन झेलत झारखण्ड में राजनितिक गतिरोध टूटला के संकेत देत भाजपा विधायक दल के नेता अर्जुन मुण्डा आजु मंगल का दिने राज्यपाल से भेंट कर के सरकार बनावे के दाबा पेश कर दिहलन. ऊ ४५ गो विधायकन के समर्थन के चिट्ठीओ सँउपले बाड़न. अर्जुन मुण्डा का साथे झामुमो, आजसु, आ जदयू के नेता आ दू गो निर्दलीय विधायको रहुवन.
0 Comments