Goods train rams into an intercity express

Yesterday yet another train accident happened in the series of accidents under the management of Railway Minister Mamata Banerjee who is more bothered with West Bengal politics than railways. Her volatile nature prevents the PM to take any action against her.

On Monday morning a goods train rammed into a stationery Indore Gwalior intercity express at Badarwas station in Shivpuri district of Madhya Pradesh killing more than two dozen passengers.

रेलमंत्रालय आजकल एगो बेममता बनरजी का जिम्मे बा जेकरा रेल मंत्रालय से बेसी चिन्ता पश्चिम बंगाल के राजनीति के बा. ममता बनर्जी का राज में लगातार रेल दुर्घटना हो रहल बा बाकिर ओकर परवाह ना त ममता के बा ना प्रधानमंत्री के. राजनीतिक मजबूरी का चलते मनमोहन सिंह के चुप रहे के पड़त बा आ अइसनका बेपरवाह रेल मंत्री के बदले के हिम्मत ऊ नइखन कर पावत.

सोमार का दिने मध्यप्रदेश का शिवपुरी जिला में बदरवास स्टेशन पर खड़ा इन्दौर ग्वालियर इन्टरसिटी एक्सप्रेस से एगो मालगाड़ी जा टकराइल जवना में कम से कम दू दर्जन सवारियन के मौत हो गइल आ बहुते लोग घवाहिल हो गइल बा. दुर्घटना का बाद स्टेशन से पूरा स्टाफ फरार हो गइले. स्टेशनमास्टर का कमरा से शराब के छह गो बोतल मिलल बा. टक्कर से पहिले मालगाड़ी के ड्राइवर कुद के भाग गइल.

0 Comments