Category: समाचार

बीच रास्ता से ट्रक गायब

मोतिहारी से कोलकता खातिर गेहूं लाद के चलल ट्रक के ओकर ड्राइवर बीचे मे कहीं से गायब क दिहले बा. ना त ट्रक के पता लागत बा ना ओकरा चालक के. मोतिहारी राधानगर के ट्रक मालिक एह मामिला मे नगर थाना मे केस लिखववले...

Read More

आरा के डीएम के कहना बा कि जिला मे कतहीं बाढ़ नइखे

लोग के अफवाह पर कान देबे से बचे के सलाह देत भोजपुर के डीएम के कहना बा कि जिला मे कतही ना त बाढ़ बा ना ओकर कवनोअनेसा बा. बतवलन कि बड़हरा मे गंगा नदी खतरा का निशान से अढ़ाई मीटर नीचे बहत...

Read More

आरा के बहोरनपुर मे इनार मे गिर के एगो नवही मरल

आरा जिला के बहोरनपुर इलाका के उमरावगंज गांव का इनार मे गिरला से गाँवे के चौबीस बरीस के एगो नवही डूब के मर गइल. पुलिस बुध का दिने लाश कब्जा मे ले क पोस्टमार्टम करावे ले गइल. मामिला के जाॅच चलत बा कि हादसा रहे कि...

Read More

तीन साल से गायब लड़िका घरे चहुँपल

सारण जिला के दाउदपुर इलाका के बरवा खुर्द गाँव के एगो नवही तीन बरीस बाद घरे चहुँपल. ओकरा गायब भइला का बाद ओकर बाप थाना मे अपहरण के केस लिखववले रहन. लढ़िका के लवटला के सूचना थाना के दिहल गइल त पुलिस आ के लड़िका के ले गइल आ कोर्ट...

Read More

पागल सियार से परेशान लोग ओकरा के मार दिहल

सारण जिला के दाउदपुर इलाका के दुमदुमा गाँव मे एगो पागल सियार पिछला कई दिन से लोग के हलकान कइले रहुवे. उ कई लोग के काट चुकल रहे आ बुधो का दिन एगो आदमी पर हमला बोल के ओकर मुॅह नोच डललसि. एह पर लोग ओह पागल सियार के घेर के पीट पीट...

Read More

Recent Posts