Commonwealth Games shall be inaugurated by Prince Charles.

It has been said by the office of Prince Charles that the Queen has asked Prince Charles to represent her at the CWGames and do the inauguration of her behalf. Source in Govt. of India claim that Prince Charles will read the Queens message and President of India shall announce the opening of CWGames. This is for the first time that Queen will not attend a CWG in the last 44 years.
Normally it is the Queen who inaugurates the CWG.

दिल्ली में होखे जा रहल राष्ट्रमंडल खेल में अब एगो नया खेला शुरू हो गइल बा. सवाल उठ गइल बा कि एह खेलन के औपचारिक उद्घाटन के करी. परम्परा त इहे रहल बा कि अपना गुलाम देशन के प्रतिनिधियन से बनल राष्ट्रमंडल के खेल के उद्घाटन ब्रिटिश साम्राज्य के साम्राज्ञी अपना हाथे करे ली. खेल के शुरुआत के बैटन उहे एगो धावक के देबेली जवन सगरी राष्ट्रमंडली देशन से घूमत खेल का मैदान में फेर से महारानी का हाथ में दिहल जाले. तब महारानी आपन संदेश पढ़ेली आ खेल के शूरु करे के औपचारिक घोषणा करेली.

अबकी महारानी चउवालिस साल में पहिला बेर एह खेल में ना आ पइहें आ एहसे भारत सरकार के अभिलाषा रहुवे कि औह हालत में भारत के राष्ट्रपति प्रतिभा देवी सिंह पाटिल ई औपचारिक उद्घाटन करस. बाकिर अब सुने में आ रहल बा कि उद्घाटन प्रिन्स चार्ल्स का हाथे होखी. प्रिन्स चार्ल्स के कार्यालय अइसने दावो कइले बा. एने भारत सरकार के कहनाम बा कि प्रिन्स बस महारानी के संदेश पढ़ीहें आ शुरुआत प्रतिभा देवी सिंह करइहें.

0 Comments