Supreme Court has rejected the petition for withholding judgement

Three judge bench of Supreme Court of India has unanimously rejected the petition to withhold the judgement of Allahabad High Court on Ayodhya dispute. Court has to decide the ownership of the land as well as whether Lord Ram was born at the same place. It also has to consider whether the Babri Maszid was constructed after demolishing a temple there and some other contentious issues.

सुप्रीम कोर्ट आज सर्वसम्मति से अयोध्या विवाद पर इलाहाबाद हाई कोर्ट के फैसला सुनावे पर लगावल अस्थायी रोक हटा लिहलसि आ अब इलाहाबाद हाई कोर्ट के तय करे के बा कि फैसला कहिया सुनावल जाव. ३० तारीख के एगो जज रिटायर होखे वाला बाड़न आ फैसला ओकरा से पहिले से ना सुनावल गइल त नया अड़ंगा लागे के अनेसा बा. सभकर उम्मीद इहे बा कि अब इलाहाबाद हाई कोर्ट के लखनऊ बेंच आपन फैसला परसो से पहिले सुना दीहि.

सुप्रीम कोर्ट के फैसला के सभे स्वागत कइले बा सिवाय ओह रमेशचन्द्र त्रिपाठी के जे पता ना कवना कारण से मामिला लटकावल चाहत रहले. आजु के फैसला का बाद केन्द्रीय गृह मंत्री पूरा देश में सुरक्षा व्यवस्था के आकलन कइले आ एह खातिर दिल्ली में बनावल गृहमंत्रालय के अयोध्या प्रकोष्ठ में जा के सुरक्षा तइयारियन के जायजा लिहलन.

0 Comments