Ex-minister dies after court verdict

Son of Congress leader Rajo Singh and an ex minister in Rabri government, Sanjay Singh died after the Munger court held him guilty of murdering 8 RJD workers in Shekhpura in year 2001. Eight others were held guilty too. But Sanjay Singh suffered a massive heart attack and died before he could reach any hospital. Supporters created ruccuss accusing neglect of his condition and failure to get him treated in time.

कांग्रेसी नेता राजो सिंह के बेटा आ राबड़ी सरकार में मंत्री रहल संजय सिंह के काल्हु मुंगेर कोर्ट में साल २००१ के शेखपुरा हत्याकाण्ड के दोषी ठहरा दिहल गइल. ओकरा बाद संजय सिंह के दिल के दौरा पड़ गइल आ ऊ अस्पताल चहुँपे से पहिले मौत का मुँह में चलि गइलन. संजय सिंह का साथे आठ गो अउरी लोगन के दोषी मानल गइल बा. एह हत्याकाण्ड में राजद के आठ गो कार्यकर्तन के हत्या कर दिहल गइल रहे आ बाद में संजय सिंह राजद के सरकार में राबड़ी मंत्रीमण्डल में मंत्रियो बनावल गइल रहलें.

संजय सिंह के समर्थक बाद में बवालो मचवले कि बार बार उनका खराब तबियत के जानकारी दिहला का बादो संजय के समय पर अस्पताल ना भेजल गइल जवना से उनकर मौत हो गइल. संजय के मौत प्रशासन का लापरवाही से होखे के आरोप लगावत रहे ऊ लोग.

0 Comments