Tag: भोजपुरी में खबर.

भोजपुरी पट्टी का साथही देश दुनियो के खबर (30 अगस्त 2015, अतवार)

शनिचर का दिने एगो भव्य समारोह में राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी का हाथे राष्‍ट्रीय खेल पुरस्कार दीहल गइल. स्‍टार टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के राजीव गांधी खेल रत्न से नवाजल गइल. उनुका एगो पदक आ प्रमाणपत्र का साथे साढ़े सात लाख...

Read More

भोजपुरी पट्टी का साथही देश दुनियो के खबर (29 अगस्त 2015, शनिचर)

जम्‍मू कश्‍मीर के आर एस पुरा सेक्‍टर से लागल देश के सिवान पर पाकिस्तानी सेना के गोलीबारी में काल्हु शुक का दिने तीन गो नागरिक के मौत हो गइल आ 17 जने घवाहिल हो गइले. जबाबी कार्रवाई में ओनियो कई लोग के जान जाए आ घवाहिल होखे के खबर...

Read More

टटका खबर (बुध, 26 अगस्त 2015)

लागत बा कि बाकायदा साजिश क के देश के शांति भंग करे के कोशिश का तहत गुजरात में पटेल समुदाय के भड़कावल गइल बा. पटेलन के अगुआई के दावा करे वाला हार्दिक पटेल आआपा के केजरीवाल के नजदीकि रहल बा आ ओकरा समर्थन में अरविन्द केजरीवाल आ...

Read More

टटका खबर (मंगल, 25 अगस्त 2015)

बिना बात भइले आ बीचे में कनेक्शन कटे से परेशान लोग के चिन्ता के आवाज देत प्रधानमंत्री एह पर चिंता जतावत अपना मंत्रियन से कहलन कि एह समस्या से निजात दिआवल बहुते जरूरी बा. साथही देश में डिजिटल क्रांति खातिर ढांचागत प्रगति पर धियान...

Read More

टटका खबर (सोमार, 24 अगस्त 2015)

चीन आपन मुद्रा युआन के भाव का गिरवलसि कि दुनियाभर के शेयर बाजारन में हाहाकार मच गइल बा. ग्रीस के संकट से अबहीं बाजार उबरियो ना पवले रहुवे तबले सामने आ गइल चीन के बुलबुला. चीनी सामान के त गारंटी पहिलहूं ना रहुवे बाकिर अब लागत बा...

Read More

Recent Posts