टटका खबर, 9 जनवरी 2017

छपरा टीसन प आजु सबेरे मुम्बई से मुजफ्फरपुर जात पवन एक्सप्रेस के एगो कोच में तलाशी लेत रेल पुलिस का हाथे एगो झोरा लागल जवना के केहु दावेदार ना बनल. ओह झोरा से ढेरे असलहा बलामद भइल बा. सवारियन से पूछला से कुछऊ थाह ना लाग पावल.

यूपी चुनाव घोषणा का बाद कानून व्यवस्था बनवले राखे ला पुलिस के अभियान का दौरान देवरिया में 1060 लीटर गैर कानूनी कच्ची शराब का साथे 8 जने धराइल बाड़ें.

भदोही में काल्हु रात दू जगहा चोर एगो कपड़ा आ एगो एलेक्ट्रानिक दूकान प हाथ साफ क गइलें. लाखों रुपिया के सामान चोरा ले गइलें.

सोनभद्र जिला के चोपन इलाका में रोडवेज बस एगा मोटरसायकिल से टकरा गइल. एह हादसा में मोटरसाइकिल चलावत नवही के मौत हो गइल. नवही डाला बाजार के रहलन.

गोपालगंज जिला के चिदबलिया थाना के बरहिमा मोड़ का नियरा भइल सड़क हादसा में एगो होमगार्ड जवान के मौत हो गइल. जवान राष्ट्रीय उच्च पथ संख्या 28 पर ड्यूटी पर तैनात रहलन.

भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष केशव प्रसाद मौर्य बतवलन कि यूपी में कि भाजपा अपना दल अउर भासपा संगे मिल क् चुनाव लड़ी. एह दुनू गोल ला कतना सीट छोड़ल जाव एह पर राय विचार होखत बा. अपना दल के अनुप्रिया पटेल केन्द्र में मंत्री बाड़ी.

जौनपुर के रामपुर इलाका में पुलिस चेकिंग का दौरान एगो कार से एक लाख अठारह हजार रुपिया आ भाजपा के प्रचार सामग्री बरामद भइल बा. कार ड्राइवर कार छोड़ के परा गइल.

मिर्जापुर जाला के जिगना इलाका में रेलवे ओवर ब्रिज का लगे दू गो वाहन के टकरइला से 5 जने के मौत हो गइल आ 3 जने घवाहिल हो गइल बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *