अबकी के त्योहार संगीन का पहरा में मनावे के पड़ी
-

उत्तर प्रदेश के पश्चिमी इलाका मे चलत साम्प्रदायिक तनाव आ पिछला साल दशहरा पर फैजाबाद मे भइल दंगा का चलते अबकी के त्योहार संगीन का पहरा में मनावल जाई. दशहरा आ बकरीद त एही महीना में पड़ल बा. दीवाली अगिला महीना तीन तारीख के पड़ल बा.
हाल का तनाव का चलते मुजफफरनगर आ ओकरा नियरा का जिलन में 78 कम्पनी केन्द्रीय बल तैनात कइल गइल रहे. राज्य के अलग अलग हिस्सा में साम्प्रदायिक तनाव के घटना में बढ़ोतरी का चलते अइसन नौबत आइल बा.
एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतावत बाड़े कि मुजफफरनगर से 12 कम्पनी रैपिड एक्शन फोर्स के दोसरा संवेदनशील जिला मे भेजे के योजना बा. कहलन कि प्रदेश के बिगडत कानून व्यवस्था से सिर्फ पुलिस अधिकारीए ना केन्द्रीय गृह मंत्रालयो हरान बा, खुफिया एजेसियन के कहना बा कि साम्प्रदायिक माहौल खराब करे के साजिश होखत बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts