आजमगढ़ से अखिलेश आ आजम लड़ीहें रामपुर से
-

पिछला लोकसभा चुनाव में अखिलेश यादव के बाबूजी मुलायम सिंह यादव सांसद चुनाइल रहलें. अबकी ओह सीट से अब अपने लड़े के फैसला कइले बाड़न. आजु उनुका गोल से एह बाति के एलान हो गइल. मुलायम सिंह के नाम अबकी सपा के स्टार प्रचारको में शामिल नइखे कइल गइल. हालांकि ऊ सासंदी के चुनाव लड़ीहें एकर एलान हो चुतल बा.
एकरा साथही रामपुर सीट पर उमीदवार के अहजह खतम करत आजम खान खुदे ओहिजा से लड़े के फैसला क लिहलें. रामपुर से उमीदवार तय करे के जिम्मा सपा गोल उनुके के दिहले रहुवे. आजमो खान के उमादवारी के बाकायदा एलान हो चुकल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts