इतिहास मे 03 अक्टूबर
-

1670.. शिवाजी दोसरका हाली सूरत पर अधिकार जमवले.
1831.. अंगरेज मैसूर पर कब्जा कइले.
1935.. इटली इथोपिया पर कब्जा कइलसि.
1963.. हैती मे तूफान के कहर से करीब पांच हजार लोग मरल आ एक लाख से अधिका लोग घवाहिल भइल.
1968.. अमेरिका नेवादा मे परमाणु परीक्षण कइलसि.
1977.. पूर्व प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी गिरफ्तार भइली.
1984.. कन्याकुमारी से जम्मू तवी का बीच देश के सबले लमहर दूरी के ट्रेन हिमसागर एक्सप्रेस के संचालन शुरू भइल.
1990.. पूर्वी आ पश्चिमी जर्मनी के विलय क के जर्मनी बनल.
1992.. गीत सेठी वर्ल्ड प्रोफेशनल बिलियर्ड चैपियनशिप जीतलन.
1993.. बोरिस येल्तिसिन रूस के राष्ट्रपति बनले.
2012.. सीरिया के अलीप्पो मे सिलसिलेवार बम विस्फोटो से 34 लोग मारल गइल.
(वार्ता के सौजन्य से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts