इशकबाज राकेश मिश्रा
-

RakeshMishra
अपना पहिलके फिलिम ‘प्रेम दिवानी’ से देखते-देखत भोजपुरी सिनेमा के आकाश पर छा जाए वाला राकेश मिश्रो अब सुपर स्टारन का कतार में शामिल बड़न आ हर बड़का बैनर उनका के अपना फिलिमन में नायक बनावत बा.

इनकरे फिलिम ‘दीवानगी हद से’ का बारे में बतावल जात बा कि एह फिलिम के बिहार में मुँह मांगा दाम पर कीनल गइल बा आ जल्दिए रिलीजो होखे वाला बा. ओहिजे ‘प्यार किया तो डरना क्या’ फिलिम के शूटिंग पूरा के राकेश मिश्रा अब अपना नया फिलिम ‘इशकबाज’ के शूटिंग गुजरात के राज पिपला में करत बाड़न. दीपक जौली के बनावल आ निर्देशित एह फिलिम में राकेश के साथ बतौर खलनायक बाड़न संजय पांडे. एकर निर्माता कांतिलाल पी.मारू आ निर्देशक दिनेश यादव हउवें.

राकेश के एगो अउर फिलिम ‘दिवाना २’ फ्लोर पर जाए वाला बा. एकरा के आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के बैनर में बनावल जाता.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts