उत्तर प्रदेश के बजट पेश
-

आजु मंगल का दिने यूपी के विधानसभा में वित्त मंत्री लालजी वर्मा अगिला साल के बजट पेश कइले जवन पिछला साल के तुलना में साढ़े दस फीसदी बेसी बा. करीब साढ़े तीन हजार करोड़ रुपिया के घाटा का बावजूद कवनो नया टैक्स लगावे के कवनो प्रस्ताव नइखे. अगिला साल विधानसभा चुनाव होखे वाला बा आ शायदे कवनो पार्टी के सरकार अइसना में नया टैक्स के प्रस्ताव करी, बसपो ना कइलसि. 169416.38 करोड़ रुपिया वाला बजट में पूर्वांचल खातिर 291 करोड़ रुपिया के प्रस्ताव दिहल गइल बा. जबकि बुन्देलखण्ड खातिर 1200 करोड़ रुपिया दिहल गइल बा. बजट शांति का माहौल में पेश भइल बा बाकिर एहपर बहस का दौरान पता चली कि विधायक का चाहत बाड़े. अगिला साल पाँच हजार प्राथमिक विद्यालय, डेढ़ हजार उच्च प्राथमिक विद्यालय खोलल जाई. 46 हजार अध्यापकन के नया बहाली होई. राज्य के सरकार मेडिकल कालेजन के इन्टर्न डाक्टरन के मासिक भत्ता 1950 रुपया से बढ़ाके 7500 रुपये कर दिहल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts