औरतन के बस देखावटी गुड़िया मत समुझल जाव – गुंजन पन्त
-

GunjanPant-mobikeसिनेमा भोजपुरी के अदाकारा गुंजन पन्त एह घरी बहुते नाराज लउकत बाड़ी. उनुका तकलीफ एह बात के बा कि फिलिमन में जवना तरह से अभिनेत्रियन के परोसल जात बा से सरासर गलत बा. कहली कि ठीक बा कि आपन देश मरद प्रधान ह बाकिर इहो साँच ह कि औरत बिना सृष्टि ना बनीत. औरत एह समाज में अहम भूमिका निभावेले. नारी बिना मरदन के अस्तित्वे नइखे तबहियो पता ना काहे फिलिमन में औरतन के बस शोपीस बना के राखल जाला. सिर्फ गाना आ रोमांटिक सीने में ओह लोग के देखावल जाला. गुंजन पन्त अइसनका फिलिमन से सहमत नइखी.

उनुका एह बात के खुशी बा कि ऊ “लक्ष्मण रेखा” आ “कोठा” जइसन नारी प्रधान फिलिमन में नायिका बनली. जल्दिए रिलीज होखे जात “कोठा” में गुंजन पंत के किरदार एगो प्रेस रिपोर्टर के बा. एह फिलिम में कोठा पर रहे वाली औरतन के जिनिगी के दरद परोसल गइल बा. ओकनी के हक आ इज्जत के लड़ाई देखावल गइल बा.

बाबा का दालान इंटरटेनमेंट के बैनर में बनल फिलिम “कोठा” के निर्देशक मनोज श्रीपति हउवें आ मुख्य भूमिका में गुंजन पन्त क साथे पवन झा, रिंकू घोष आ संजय पाण्डेय बाड़न.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts