कबीर अकादमी के नींव के ईंट रखलन पीएम मोदी
-


संतकबीरनगर, 28 जून (वार्ता). आजु बियफे का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी महान संत कबीर के आपन श्रद्धाजंलि अर्पित करत उनुका निर्वाण स्थली मगहर में बने जा रहल कबीर अकादमी के नींव के ईंट रखलन.
उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ का साथ पीएम मोदी कबीर के समाधि स्थली आ मजार पर जाके उनुका के आपन श्रद्धासुमन अर्पित कइलन. बाद में प्रधानमंत्री ओह गुफो के दर्शन कइलन जहां महान संत ध्यान योग कइले रहलें. समाधि स्थल पर प्रधानमंत्री के दुशाला आ कबीर के किताबन के देके सम्मानित कइल गइल.
जाने जोग बा कि उत्तर प्रदेश सरकार कबीर अकादमी खातिर 24 करोड़ रूपिया के अनुदान दिहले बिया, एह अकादमी में पुस्तकालय, व्याख्यान केन्द्र, पब्लिक गैलरी, प्रदर्शनी क्षेत्र का अलावे महान संत के संस्मरण से जुड़ल अनेके चीज राखल जाई.
सूबा के पर्यटन विभाग मगहर के पर्यटन केन्द्र का रूप में बढ़ावे ला योजना पहिलही से तइयार रखले बा. योगी सरकार कबीर सर्किट परियोजना खातिर 24 लाख रूपिया मंजूर कइले बिया.
मगहर में हिन्दू लोग महान संत कबीर के भव्य मंदिर बनववले बा त मुस्लिम समुदाय कबीर के याद में मजार बनवले बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts