खेसारीलाल के दिल उड़ा ले गइली ओढनिया वाली अंजना
-

सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक अंजना सिंह भोजपुरी के नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के दिल चोरा लिहले बाड़ी. एह दुनु जने के अभिनय से सजल फिल्म “दिल ले गइल ओढनिया वाली” के हकीकत इहे ह. बालाजी सिनेविजन प्रा. लि. के बैनर तले बनत प्रसिद्ध वितरक पप्पू भाई, राजेश सिंह आ संजय कनूगा निर्मित एह फिल्म के निर्देशक हउवें अरबिंद चौबे.

अंजना सिंह के कहना बा कि खेसारी लाल क साथ उनकर केमेस्ट्री ओँन स्क्रीन आ ऑफ स्क्रीन दुनु बढ़िया बा. एह जोड़ी के पहिला फिलिम रहल आलोक कुमार क “देवरा पर मनवा डोले”. फिलहाल राजपिपला में खेसारीए लाल का साथे “लहू के दो रंग” का शूटिंग में व्यस्त अंजना सिंह अपना एह फिल्म के सफलता खातिर आश्वस्त बाड़ी. फिल्म में शशि मोहन सिंह, प्रिया कपूर, मनोज टाईगर, आनंद मोहन, प्रिया पाण्डेय, रत्नेश वरनवाल, आशा शर्मा, जसवंत कुमार, बालेश्वर सिंह, जय सिंह आ रजनीश झांजी के प्रमुख भूमिका बा.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts