गाजीपुर में बिजलीघर लगावल जाई
-

काल्हु लखनऊ में चार गो कंपनियन का साथे प्रदेश सरकार समझौटा ज्ञापन पर दस्तखत कइलसि. १३२० मेगावाट क्षमता वाला एह बिजलीघरन से पैदा होखे वाला सगरी बिजली प्रदेशे के मिली. एह चार गो में से एगो बिजलीघर गाजीपुर में लगावल जाई जवना के वेलस्पन पावर लगाई. बतावल जा रहल बा कि डेढ़ साल में एह बिजलीघरन पर काम शुरु हो जाई आ चार साल में बिजली के उत्पादन शुरु हो सकी. एह बिजली के दाम प्रदेश के बिजली नियामक आयोग तय करी. आशा बा कि एह बिजलीघरन का बन गइला से प्रदेश में बिजली के उपलब्धता बेहतर हो जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts