‘छोरा गंगा किनारे वाला’ के मुहुर्त भइल
-

ChoraGangaKinareWala
माँ केला देवी फिल्म्स के बैनर में बने जात भोजपुरी फिलिम ‘छोरा गंगा किनारे वाला’ के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई के रसियन विला में धूमधाम से करावल गइल. मुहुर्त क्लैप मशहूर गीतकार संगीतकार विनय बिहारी दिहलन. मुहुर्त का मौका प टीम के उत्साह बढ़ावेला रिंकू घोष, विनय आनन्द, मोहिनी घोष, मनोज आर पाण्डेय, विनय बिहारी, अजली श्रीवास्तव, ममता पाण्डेय, प्रदीप सिंह, संजयभूषण वगैरह मौजूद रहले.

एह फिलिम के गीत संगीत मशहूर निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय दिहले बाड़न आ उहेे एकर निर्देशको हउवन.

फिलिम के निर्माता धीरेन्द्र राव चौबे, गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, राजकुमार आर पाण्डेय, अउर संतोष पुरी, कैमरा मैन फिरोज खान, नृत्य निर्देशक पप्पू खन्ना, मारधाड़ निर्देशक दिलीप यादव हउवन आ संपादन गुर्जंत सिंह के बा.

मुख्य कलाकारन में प्रदीप पाण्डेय चिंटू, स्वीटी छाबड़ा, प्रिया पाण्डेय, के के गोस्वामी, बृजेश त्रिपाठी, सोनाली जोशी, अनिल यादव वगैरह के नाम बा.

फिलिम के शूटिंग चालू हो गइल बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts