झालानाथ खनल के नेपाल के प्रधानमंत्री के किरिया धरावल गइल
-

प्रचण्ड दहल से कवनो गुप्त समझौता करि के नेपाल के प्रधानमंत्री चुनाइल झालानाथ खनल के अतवार का दिने पद के किरिया धरा दिहल गइल आ ओकरा साथे खनल के मुसीबत के शुरुआतो हो गइल. मंत्री केकरा के बनावल जाव एह बात पर राय तय ना होखला का चलते केहू के मंत्री नइखे बनावल गइल. एहू बात कर अफवाह हवा में पसरे लागल बा कि खनल २४ मई ले इस्तिफा दे दीहें आ ओकरा बाद उनुका समर्थन से प्रचण्ड दहल फेर से प्रधानमंत्री बनि जइहे. एह गुप्त समझौता के ले के खनल के चारो ओर आलोचना हो रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts