डिमांड में विक्रान्त सिंह
-

vikrant-singhअभिनेता विक्रांत सिंह के सितारा एह घरी बुलंदी पर बा. अपना पिछिला फिलिमन से सिनेमा भोजपुरी में आपन धाक जमा चुकल विक्रांत सिंह के एहू साल कईगो फिलिम रिलिज ला तइयार बाड़ी स. एह फिलिमन में मोनालिसा संगे “जीना मरना तेरे संग” , रवि कश्यप निर्देशित “खेल तकदीर के” आ “गुलाम” जइसन फिलिम खास बाड़ी सँ.

विक्रांत सिंह भोजीवुड में अपना कमिटमेंट ला आ मेहनतकश अभिनेता के रूप में जानल जालें. उनका अंदर के आत्मविश्वास उनका किरदारो में झलकेला. इहे वजह बा कि विक्रांत सिंह दर्शक आ इंडस्ट्री में बरोबर लोकप्रिय बाड़न. अपना आवे वाली फिलिमन क बारे में विक्रांत के कहना बा कि हालाकिं सगरी फिलिम भोजपुरिया दर्शकन के मन मिजाज का हिसाब से बनल बाड़ी सँ तबहियो एकनी के अप्रोच तनिका हट के बा. एह फिलिमन में विक्रांत रोमांस आ एक्शन दुनु करत लउकीहें. देखल जाव दर्शकन पर एह दबंग अभिनेता के पकड़ एह फिलिमन से अउरी बढ़त बा कि ना.


(दिनेश यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts