तू ही मोर बालमा २५ जून से रिलीज हो रहल बा
-

भोजपुरी के नवही स्टार प्रवेश लाल यादव आ मशहूर अदाकारा रिंकू घोष के प्रेम आ एक्शन से भरल फिल्म तू ही मोर बालमा एह २५ जून के रिलीज होखे जा रहल बा.


प्रवेशलाल यादव फिल्म के नायक किशन का किरदार में बाड़न जवन कि एगो लफंगा हऽ बाकिर नायिका रिंकू ओकरे के आपन दिल दे दिहले बाड़ी आ उनके के आपन बलमा मान लेत बाड़ी. जबकि ओह लफंगा के तीन गो दोसरो दोस्त ओकरा के अपना प्रेमजाल में फाँसे में लागल बाड़न. बाजी आखिरकार प्रवेशे के हाथ लागत बा. फिल्म में प्रवेश के रोमांटिक अंदाज का साथे उनकर एक्शनो देखे के मौका मिली. एक्शनो अइसन कि कई बेर दर्शकन के साँस टँगा जाई.

प्रवेश के दावा बा कि ऊ बस स्वस्थ मनोरंजन देबे वाला फिल्मे करीहे आ चुनिन्दे फिल्म करीहे जेहसे कि दर्शकन के बढ़िया मनोरंजन मिल पावो.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. manish yadav

    tab e film ke kahani bhahut acha ba ah se ham akra ke jarur dhekhm

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts