‘‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’’ में खेसारी लाल आ अंजना साथ-साथ
-

भोजपुरी के नयका स्टार खेसारीलाल यादव आ हॉट गर्ल अंजना सिंह के जोड़ी पहिला बेर बालाजी सिनेविजन प्रा. लि. के बैनर में बनत भोजपुरी फिल्म ‘‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’’ में देखे के मिली. फिल्म में खेसारी लाल आ अंजना सिंह पर एक से बढ़ के एक गाना आ रोमाटिक दृश्य फिल्मावल गइल बा.

निर्माता पप्पू भाई, राजेश सिंह आ संजय कनुजा, निर्देशक अरविंद चौबे. कलाकारन में खेसारी-अंजना का साथे शशि मोहन सिंह, प्रिया कपूर, मनोज टाईगर, आनंद मोहन, प्रिया पाण्डेय, रत्नेश, संजय वर्मा, आशा शर्मा, जसवंत कुमार, बालेश्वर सिंह, नीरज राज पौडेल, जय सिंह आ रजनीश झा के खास भूमिका बाड़ी सँ. लेखक मनोज कुशवाहा, गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव आकृष्णा ‘बेदर्दी’, संगीतकार मधुकर आनंद, क्रिएटिव प्रोडयूसर आशीष एस. ठाकुर हउवे.

अबही फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन मुंबई में जोर-शोर से चलत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts