दिल्ली बजट के निमना दिन के शुरुआत बतवलन मनोज तिवारी
-

काल्हु लोकसभा में पेश भइल दिल्ली के बजट के दिल्ली के लोगन खातिर निमना दिन के शुरुआत बतवलन उत्तर पूर्व दिल्ली संसदीय क्षेत्र से सांसद आ भाजपा नेता मनोज तिवारी. एह बजट ला केन्द्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली के धन्यवाद देत मनोज तिवारी कहलन कि एह बजट से विरोधी हताश हो गइल बाड़े. बतवलन कि एह बजट में दिल्ली खातिर दू गो नया हाईस्कूल खोले आ गरीब गुरबा के घर ले लाईन आ सीवर बिछावे के बात कहल गइल बा.

भाजपा सांसद मनोज तिवारी खुशी जतवलन कि जे.जे. कालोनी में अत्याधुनिक टायलेट आ कामकाजी औरतन ला हास्टल बनावल जाई. दिल्ली में १५० से अधिका नया बस, पानी आ नहर प्लान से लोग के राहत मिली. साथही 59 डायलिसिस यूनिट आ 110 गो एंबुलेंस दिल्ली के लोग के कामे आई. खुशी के बा कि कवनो नया टैक्स नइखे लगावल गइल. बिजली के कम उपभोग करेवालन खातिर सबसिडी के घोषणा भइल बा.

 

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts