दुलहिन बने ला बेचैन बाड़ी गुंजन पंत
-

सिनेमा भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री, मोहक मुस्कान के मल्लिका गुंजन पन्त अनेके फिलिमन में शादी शुदा महिला के किरदार निभा चुकल बाड़ी बाकिर असली जीवन में दुलहिन बने के इंतजार लागल बा गुंजन के. कहेली कि जबहियों कवनो फिलिम के शूटिंग में दुलहिन के ड्रेस पहिरेली त लागेला कहीं सचहुं के शादी त नइखे होकत आ गुंजन असमंजस में पड़ जाली.

एगो सवाल के जवाब में गुंजन बतवली कि कहीं असलीओ शादी में उनुका निर्देशक के ‘एक्शन – कट – ओके’ के इंतजार मत होखे लागो. हालांकि दुलहिन बने के चाहत का बावजूद गुंजन के कहना बा कि अबही पाँच साल ले त शादी नइखे करे के काहे के अतना जल्दी ऊ अपना चहेता दर्शकन के दिल तूड़ल ना चहीहें.

पिछला दिने गुंजन ‘लक्ष्मण रेखा’ के शूटिंग पूरा कइली. एह फिल्म के निर्माता अशोक गुप्ता अउर बृजेश सिंह हउवें आ निर्देशक हउवें मनोज गिरी. फिल्म में गुंजन के नायक बाड़ें विनय आनद.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts