देवरिया मे प्रेस क्लब भवन खातिर मुख्यमंत्री गम्भीर बाड़े
-

देवरिया मे पत्रकारन ला कवनो प्रेस क्लब भवन ना होखला पर मुख्यमंत्री गम्भीर बाड़े आ ऊ बाकायदा जिलाधिकारी के एह मुद्दा पर पत्रकारन से बतिया के प्रेस क्लब भवन बनवावे के निर्देश दे दिहले बाड़े.
परसो लार में सांसद रहल स्व. रामनरेश कुशवाहा के अन्तिम संस्कार मे शामिल होखे आइल मुख्यमंत्री अखिलेश यादव से देवरिया के पत्रकार जिला मुख्यालय पर प्रेस क्लब भवन ना होखे के आपन समस्या बतवले जवना का बाद मुखयमंत्री जिलाधिकारी के निर्देश दीहलन.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts