देहाती डाक्टरी कोर्स से राज्य सहमत हो गइलें
-

हैदराबाद में देश भर के स्वास्थ्यमंत्रियन का सम्मेलन में देहाती डाक्टरी कोर्स, बीआरएचसी, खातिर सगरी राज्य सरकार आपन सहमति दे दिहलें बाकिर मेडिकल कॉलेज में प्रवेश खातिर सार्वदेशिक परीक्षा पर राज्यन के विरोध देखत एकरा के अबहीं टाल दिहल गइल बा आ मेडिकल काउन्सिल से कहल गइल बा कि आपन अधिसूचना के लागू मत करे. केन्द्र सरकार चाहत बिया कि देहाती डाक्टर वाला कोर्स जल्द से जल्द शुरु कर दिहल जाव. एकरा खातिर जिला अस्पतालन में पढ़ाई करावे के योजना बा आ वइसनका जिला अस्पताल के विकास खातिर केन्द्र २० करोड़ रुपिया के सहायता दी. उम्मीद कइल जा रहल बा कि एह साल कम से कम ५० गो अइसन मेडिकल स्कूल खोल दिहल जाव.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts