‘नरकटियागंज’ के सगरी गाना रिकार्ड
-

UditNarain-and-othersएस.जे. सिने वर्ल्ड के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘नरकटियागंज’ के सगरी बारह गो गाना रिकार्ड करा लीहल गइल बा.

एह गीतन के आवाज दिहले बाड़े उदित नारायण, पामेला जैन, इंदू सोनाली, ममता राउत, आलोक कुमार, मनोज मिश्रा, मोहन राठौर, अनामिका सिंह, प्रेम प्रकाश दूबे वगैरह. गीतकार हउवें अशोक सिन्हा, जावेद हाशमी, उमाशंकर रोहितासी, धनंजय भट्ट, अमिताभ रंजन आ अमरेन्द्र कुमार.

निर्माता सोनालिका कुमारी आ गुड्डू सय्यद, निर्देशक आ पटकथा लेखक अमरेन्द्र कुमार, कथाकार जावेद हाशमी, संवाद लेखक ए.बी. मोहन. संगीतकार के. रत्नेश आ लाइन प्रोड्यूसर निशांत सिन्हा.

फिलिम के कलाकारन में जावेद हाशमी, सोनिया गुप्ता, मनोज राज मल्होत्रा, अयात खान, वैभव सिंह, बबलू खान, रमेश दूबे, पंकज चन्द्रा अउर एस. निशांत के मुख्य भूमिका बा. फिल्म के बाकी कलाकार आ टेक्नीशियंस के जल्दिए चुन लीहल जाई.

शूटिंग अगिला महीना से आजमगढ़ (उत्तर प्रदेश) में एके शेड्यूल में पूरा कर लिहल जाई.

एह फिलिम के कहानी बिहार के एगो छोटहन शहर ‘नरकटियागंज’ के बा जहाँ के लोग खुशी से आपन जीवन बितावत बा. पूरा इलाका में खुशहाली बा. तबहिए एह पर एगो दानव आदमी के नजर पड़ जात बा जे पूरा इलाका के अपना दानवी पंजा में जकड़ लेत बा. ओहिजा रहे वाला लोग के जिनिगी तब दुश्वार हो जात बा. फेर एगो अइसन इंसान उठत बा एह दानव का खिलाफ जे सभे में ओह दानव से लड़े के जज्बा पैदा कर देत बा. आ शुरू हो जात बा एगो जंगल

एह जंग में केकर जीत होखी केकर हार एही दुविधा पर से परदा उठाई फिलिम ‘नरकटियागंज’.


(समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts