नरेन्द्र मोदी ला कुछु करे ला तइयार बाड़ी मल्लिका शेहरावत
-

बॉलीवुड के बिंदास गर्ल मल्लिका शेहरावत के कहना बा कि अगर गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी उनुका शों “द बैचलोरेट इंडिया..मेरे ख्यालो की मल्लिका” में आवसु त ऊ उनका ला कुछउ करे ला तइयार बाड़ी.
मल्लिका के कहना बा कि आजु देश में सबसे लायक कुंआर नरेन्द्रे मोदी जी बाड़न आ उ अगर हमरा शो में आ जासु त उ जवन कहीहें तवन करेला तइयार बानी.
जानेजोग बा कि “द बैचलरेट इंडिया..मेरे ख्यालो की मल्लिका” शो से बॉलीवुड के बिंदास बाला मल्लिका शेहरावत अपना सपना के राजकुमार के खोजत बाड़ी. ई शो अमेरिका के मशहूर रियालिटी डेटिंग शो “द बैचलर” के हिंदी संस्करण ह. एह शो मे 30 गो प्रतियोगी हिस्सा लीहें जवना में से केहू एक के मल्लिका आपन दुलहा चुनीहे. रोहित रॉय एह शो के एंकर बाड़न.
एह शो के मनोरंजन चैनल लाइफ ओके पर 07 अक्तूबर देखावल शुरू होखी. हर सोमार से शुक ले रात साढ़े नौ बजे से एकरा के देखावल जाई.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts