निरहुआ के ‘‘वर्दीवाला गुन्डा’’ 31 मई से बिहार में
-

VardiwalaGundaआदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ बालाजी सिनेविजन प्रा०लि० के बैनर में बनल आ जूबली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ अभिनीत भोजपुरी फिलिम ‘‘वर्दीवाला गुन्डा’’ 31 मई से बिहार में रिलीज होखत बा.

निर्माता पप्पु भाई आ राजेश सिंह के एह फिलिम के निर्देशक हउवें अहमद फरोग सिददीकी. एह फिलिम में निरहुआ एगो पुलिस इंसपेक्टर रामलोटन पाण्डेय का भूमिका में बाड़ें जवन ‘‘वर्दीवाला गुन्डा’’ बन के मौजूदा सिस्टम में पसरल भठीयरपन के पोल खोलत बा. निरहुआ के नायिका बाड़ी हॉट गर्ल अंजना सिंह. अउरी मुख्य कलाकारन में शशि मोहन सिंह, मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी, गौरीशंकर, गोपाल राय, रजनीश झाजी आ अवधेश मिश्रा बाड़ें.

गीतकार विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव हउवें. संगीतकार हउवें मधुकर आनंद.

निरहुआ के कहना बा कि ‘‘वर्दीवाला गुन्डा’’ देखे वालन के बहुते पसंद आई.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts