निरहुआ बनलन ऑटो ड्राईवर
-

भोजपुरी फिल्मों के सुपरस्टार दिनेशलाल यादव फिल्म “निरहुआ मेल” में एगो ऑटो ड्राईवर का भूमिका में आइल बाड़े. “निरहुआ रिक्शावाला” में रिक्शावाला के शानदार भूमिका निभा चुकल निरहुआ “निरहुआ मेल” में ऑटो चालकन के दर्द आ समस्या के बड़का परदा पर पेश करीहे. श्री प्रियंका पिक्चर्स के बैनर तले बनत एह फिल्म में निरहुआ के कंपलीट एक्शन अवतारो देखे के मिली. एहमें निरहुआ देशी एक्शन करत लउकीहे जवना के देख के लोग चउँक जाई. निरहुआ के कहना बा कि “निरहुआ मेल” जइसन एक्शन अबले कवनो भोजपुरी फिल्म में नइखे आइल. एह दृश्यन के फिल्मावे में लगभग करोड़ रूपिया खरचल गइल बा आ एह दृश्यन के फिल्मवले बाड़े तेलगू आ तमिल फिल्मन के मशहूर एक्शन मास्टर वेकेंट. फिल्म में निरहुआ के नायिका बाड़ी भोजपुरी के नं॰ 1 अदाकारा पाखी हेगड़े. फिल्म में मनोज टाईगर, रोजा उस्मानी, गोपाल राय, पुष्पा वर्मा आ अवधेश मिश्रा के प्रमुख भूमिका बा. निर्माता के॰ एस॰ साईबाबा आ ए॰ दास के एह फिलिम के निर्देशक बाड़े सुब्बाराव गोसांगी जे आखिरी रास्ता, शिवा जइसन फिल्म निर्देशित कर चुकल बाड़े. फिल्म के गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, संगीतकार राजेश-रजनीश हउवें.


(स्रोत – प्रशांत – निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts