नीतीश कुमार अउर बिहार के तरक्की अब सिनेमा का परदा पर
-

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अब फिल्मकारन के पसंद बन गइल बाड़े. अमिताभ बच्चन से लगाइत शाहरुख खान ले अब नीतीश कुमार के शासनकाल में बेखौफ होके बिहार जाये लागल बाड़े. बिहार के तरक्की आ नीतीश कुमार के बखान अब सिनेमा भोजपुरीओ का परदा पर देखावल जाये वाला बा. नीतीश राज में बिहार के तरक्की पर बनावल एगो खास गाना फिल्म ‘बजरंग’ में डालल गइल बा. एह गाना के बोल बावे ‘ए नीतीश काका बिहार के बनाय दा तू जापान…’. एह गाना में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के भाषण देत देखावल जाई.

‘बजरंग’ के निर्माता हउवें जानल मानल भोजपुरी फिल्म निर्माता जे.पी. सिंह जे फिल्म ‘पायल’ अउर ‘गईल भईंसिया पानी में’ से सफलता के नया रिकार्ड बनवलन. बजरंग के प्रदर्शन जल्दिये बिहार समेत पूरा देश में होखेवाला बा. एह फिल्म में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के अलावा संजय पांडे, जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राय आ मास्टर वरुण सिंह मुख्य भूमिका में बाड़े. निर्देशक हउवें नंद किशोर महतो. गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले बनल एह फिल्म ‘बजरंग’ के शूटिंग उत्तर प्रदेश आ बिहार के वास्तविक लोकशन पर कइल गइल बा.

निर्माता जितेन्द्र प्रताप सिंह कहलन कि ‘बजरंग’ में एक्शन का साथे रोमांस आ कॉमेडी के भरपूर मसाला बा.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts