नीतीश के किरिया धराई के दिन अबहियों तय नइखे
-

हाल के चुनाव में बड़हन जीत हासिल करे वाला महागठबन्हन अबहीं ले तय नइखे कर सकल कि कहिया किरिया धराई करावल जाय. आजु नीतीश कुमार बिहार के राज्यपाल रामनाथ कोविंद से भेंट क के दिवाली के बधाई दिहलन. ओकरा बाद पत्रकारन के बतवलन कि 14 तारीख के महागठबंधन के विधायक दल के बइठक होखी जवना में एकर दिन तय कइल जाई.
चर्चा बा कि लालू के राजद से केकरा के उपमुख्यमंत्री बनावल जाव एकर फैसला नइखे हो पावत. एकरा बाद कवना गोल के कवन विभाग मिलो एकरो पर अबहीं बात चलत बा. महागठबन्हन में नीतीश के हैसियत अब वइसन नइखे रहि गइल कि ऊ आपन बात चला सकस. राजद के 80 गो विधायक उनुका जान के साँसत बनल रहीहें आ अगर तनिको गड़बड़ भइल त नीतीशे के छवि के नुकसान होखे वाला बा. आ इहो संभव नइखे कि लालू नीतीश के आपन नेता मान लेस. रिजल्ट का पहिलहीं तेजस्वी कहले रहलन कि नीतीश के गार्जियन बन के रहीहें लालू.
याद करावल जरूरी बा कि लालू प्रसाद चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम हउवन आ जमानत पर छूटल बाड़न.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts