पवन सिंह के लागल नथुनिया के धक्का आ कर्तव्य
-

पवन सिंह के फिल्म “लागल नथुनिया के धक्का” आ कर्तव्य जल्दिये रिलीज होखे जा रहल बा. १५ अप्रेल के रिलीज हो रहल बा “कर्तव्य” जवना में पवन सिंह एगो ईमानदार पुलिस इंसपेक्टर के भूमिका कइले बाड़न. चन्द्रावती प्रोडक्शन्स का बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता बृजेश जे सिंह हउववें आ निर्देशक जगदीश शर्मा. फिल्म के कलाकारन में पवन सिंह, मोनालिसा, विक्रांत सिंह, मेघना पटेल, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, माया यादव, संजय, रितू पाण्डेय वगैरह के खास भूमिका बा. गीत बा श्याम देहाती के आ संगीत बावे मधुकर आनन्द के.

पवन सिंह के अगिला फिल्म “लागल नथुनिया के धक्का के रिलीजो जल्दी होखे के अनुमान बा. फिल्म के पूरा यूनिट एकर सफलता सोच के उत्साह में बा. एह फिल्म के निर्देशक सुनील सिंहा कई गो सफल फिल्म दे चुकल बाड़न एहसे सभे उमेद करत बा कि इहो फिल्म बेहद सफल होखी. एह फिल्म में एगो संदेश बा कि चकाचौंध का दुनिया में ना जा के सामने के दुनिया में विश्वास राखे के चाहीं. एह फिल्म में पवन सिंह, आरती पुरी, कृष्णा खंडेलवाल, अवधेश मिश्रा, आनन्द मोहन, विजय खरे वगैरह के खास भूमिका बा. गीत विनय बिहारी आ वीरेन्द्र के पाण्डैय के बा जबकि संगीत दिहले बाड़न मधुकर आनन्द. निर्माता चद्र बी वर्मा आ रोहन आर शाह, सहयोगी निर्माता राजेश कुमार हउवें. कैमरा में एह फिल्म के कैद कइले बाड़न रवि नंदन.


(स्रोत – रंजन सिन्हा आ प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts