पाखी के मिलल जन्म दिन के तोहफा
-

सात जून के मुंबई का मलाड में एगो भव्य समारोह में भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन आ स्टार अदाकारा पाखी हेगडे के सर्वश्रेष्ठ अदाकारा के पुरस्कार आज की आवाज प्रेस एण्ड मीडिया अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. ऊ दिन पाखी के जन्मदिन रहे आ अपना जन्म दिनं पर मिलल एह सम्मान से अभिभूत पाखी हेगडे कहली कि अपना जन्मदिन पर मिलल एह शानदार उपहार से ऊ बहुत खुश बाड़ी.

हालही में पाखी हेगडे के पाँचवा भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह में सर्वश्रेष्ठ अदाकारा के सम्मान दिहल गइल रहे. सात जून के मिलल पुरस्कार पाखी के उनका फिल्म दाग में दमदार अभिनय खातिर दिहल गइल. एह मौका पर दारा सिंह, जरीना वहाब, मुकेश खन्ना, बिंदू दारा सिंह, आ तनीज करीमो के अलग अलग पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल.

हाल में रिलीज पाखी के फिल्म दाग बिहार में ब्लाकबस्टर साबित भइल बा. यूपी में शिवा सफलता के अलगे रिकार्ड बनवले जात बा. दाग में पाखी के अभिनय देख के पूरा समाज झकझोराइल महसूस करत बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts