फगुआ का माहौल में निरहुआ विराज के दिलजले
-

अबकी का फगुआ का माहौल में भोजपुरी सितारा दिनेश लाल यादव निरहुआ आ विराज भट्ट के फिल्म “दिलजले” बिहार में रिलीज होखे जा रहल बा. एह मशहूर जोड़ी के पेश कइले बाड़न निर्माता निर्देशक रामाकांत प्रसाद. दुनु कलाकार, निरहुआ आ विराज, एह फिल्म में जिगरी दोस्त बनल बाड़े.
भोजपुरी सिनेमा के महारथी निर्माता रामाकान्त प्रसाद, अबले “लागल रहऽ ए राजा जी, दिवाना,” आ “दाग” जइसन ब्लाकबस्टर फिल्म दे चुकल बाड़न, “दिलजले” के मुख्य कलाकारन में निरहुआ, रानी चटर्जी, विराज भट्ट, स्वाति वर्मा, बाली, आनन्द मोहन, रीतू पाण्डेय, संतोष श्रीवास्तव, दीपक भाटिया, गोपाल राय वगैरह लोग शामिल बा. फिल्म में सोलह गो गाना बा जवना में से आयटम डांसर सीमा सिंह आ श्रीकांकनी पर कई गो गाना खास कर के फिल्मावल गइल बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

2 Comments

    • admin

      There must be something to reply for

      Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts