बहुत शोर सुनते थे पहलू में दिल का
-

जो चीरा तो खून का दो कतरा ना निकला. आजु बुध का दिने केन्द्रीय मंत्रीमण्डल में मामूली फेरबदल कर के तीन गो नया मंत्रियन के शामिल कइल गइल बाकिर केहू के निकाल ना पवले मनमोहन सिंह. राहुल कहीहें कि गठबन्हन के मजबूरी बा. आजु का फेरबदल का बादो बिहार के कवनो प्रतिनिधित्व ना मिल सकल भारत सरकार में. नयका शामिल मंत्रियन में अजय माकन, बेनी प्रसाद वर्मा, आ केवी थामस के राज्यमंत्री बना के शामिल कइल गइल आ तीन गो राज्यमंत्रियन के कैबिनेट मंत्री बना दिहल गइल. कैबिनट मंत्री के दर्जा पावे वालन में प्रफुल्ल पटेल, श्रीप्रकाश जायसवाल, आ सलमान खुर्शीद के नाम बा. बाद में प्रधानमंत्री कहलें कि बजट सत्र का बाद एगो बड़हन फेर बदल होखी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts