बिहार का देखादेखी यूपीओ में कड़ाई
-

पड़ोसी राज्य बिहार में भ्रष्टाचार का खिलाफ चल रहल लड़ाई के जनमानस पर प्रभाव देखत यूपी में बसपा तय कइले बा कि एहिजो अपराध पर काबू राखल जाई. पार्टी से दागी राजनेतवन के हटावे खातिर हर जिला कोआर्डिनेटर के कह दिहल गइल बा कि ऊलोग अपराधी आ दागी नेता लोग के सूची तइयार करे. अगर कवनो अपराधी भा दागी आदमी पार्टी का पद पर मिलल त कोआर्डिनेटरो लोग का खिलाफ कार्रवाई कइल जाई. हालही में भइल पंचायत चुनाव में बसपा नेता लोग दबंगई के खेल खुल के खेलल जवना से राज्य में आम जनता पर गलत प्रभाव पड़ल बा. सगरी पार्टि सदस्यन के कह दिहल गइल बा कि मायावती के जन्मदिन के तइयारी सादगी से होखे आ चन्दा खातिर कतहीं जोरजबरदस्ती के शिकायत ना आवे के चाहीं.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts