बिहार में दू गो केन्द्रीय विश्वविद्यालय
-

अबे कुछ महीना पहिले बिहार आ केन्द्र में विवाद होत रहल कि बिहार में केन्द्रीय विश्वविद्यालय कहवाँ खोलल जाव. बिहार सरकार मोतिहारी में खोलवावे पर अड़ल रहुवे त केन्द्रीय मानव संसाधन मंत्री कपिल सिब्बल गया में खोलवावे पर अड़ल रहलें. एह बीच पता ना कवनो समीकरण बनल भा बदलल कि अब केन्द्र सरकार बिहार में दूगो केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोले पर राजी हो गइल आ मोतिहारी अउर गया दुनु जगहा केन्द्रीय विश्चविद्यालय खोले के मंजूरी मिल गइल. गया वाला विश्वविद्यालय सेना के दिहल जमीन पर खोलल जाई. एकर कैम्प कार्यालय पहिलहीं से पटना में चालू बा. दोसरका विश्वविद्यालय मोतिहारी के बंकट बेरिया गाँव में नेशनल हाईवे २८ए का किनारे खोलल जाई.

केन्द्र के एह फैसला के स्वागत करत लालू आ कांग्रेस के कहना बा कि ई फैसला राजद आ कांग्रेस के चलते भइल. ओने रामविलास पासवान दू गो केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोले के स्वागत करत कहले बाड़ें कि बिहार में त दू गो अउरी केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोले के चाहीं.

एह दुनु विश्वविद्यालय खोले में दू सौ चालीस करोड़ के खरचा आवे के अनुमान लगावल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts