बिहार में लोकसभा के एगो आ विधानसभा के दु गो सीटन के उपचुनाव वाला प्रचार रुक गइल
-


पटना 09 मार्च (वार्ता). बिहार में लोकसभा के एगो आ विधानसभा के दू गो सीटन पर हो रहल उपचुनाव खातिर प्रचार के काम आजु से बन्द हो गइल.

बिहार में महागठबंधन के टूटला आ राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन के सरकार बनला का बाद पहिला बेर होखे जात कवनो चुनाव में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ विधानसभा में विरोधी दल के नेता तेजस्वी प्रसाद यादव के प्रतिष्ठा दाँव पर लागल बा.

जहां नीतीश कुमार भाजपा से हाथ मिलवला का बाद पहिला बेर लोग से चुनाव में वोट मंगलन ओहिजे तेजस्वी यादव अपना बाप आ राष्ट्रीय जनता दल के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के चारा घोटाला मामिला में जेल गइला का बाद अपना गोल के मोर्चा सम्हारत राति दिन प्रचार लागल रहलें.

नीतीश कुमार चुनाव प्रचार का दौरान लोगन के बतवलें कि ऊ बिहार का हित में महागठबंधन से अलगा होके भाजपा से हाथ मिलवलें जेहसे कि राज्य के विकास बिना कवनो बाधा के तेजी से हो सके.

ओहिजे राजद नेता तेजस्वी यादव चुनाव प्रचार का दौरान नीतीश सरकार के हर मोर्चे पर फेल वतावत आरोप लगवले कि राज्य में राजग सरकार बनला का बाद भ्रष्टाचार आ अपराध तेजी से बढ़ल बा.

राजग प्रत्याशियन खातिर प्रचार करे में भाजपा के बड़का नेता आ उप मुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी, राष्ट्रीय लोक समता पार्टी के अध्यक्ष आ केन्द्रीय मानव संसाधन विकास राज्य मंत्री उपेन्द्र कुशवाहा अउऱ लोक जनशक्ति पार्टी संसदीय बोर्ड के अध्यक्ष चिराग पासवानो शामिल रहलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts