बढ़िया परीक्षाफल का आधार पर स्कूल कॉलेजन के अनुदान
-

बिहार सरकार बढ़िया परीक्षाफल देबे वाला स्कूल कॉलेजन के अलगा से खास अनुदान दे रहल बिया. बरीस २००९ के परीक्षाफल का आधार पर अनुदान लेबे खातिर पन्द्रह फरवरी से पहिले आवेदन दे देबे के बा. जे ना दी सेहू आ जे गलत दावा करी सेहू, फेरा में पड़ सकेला. सरकार एकरा खातिर पहिलही से चेता दिहले बिया. संगही संगे साल २००८ का परीक्षाफल का आधार पर मिलल अनुदान के उपयोगिता प्रमाणो पत्र जमा करे के बा. जे ओह अनुदान के सही उपयोग ना कइले होखी सेकरा अबकी के अनुदान ना मिल पाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts