भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन अनारा गुप्ता
-

मिस जम्मू रह चुकल अनारा गुप्ता आज भोजपुरी दर्शकन के दिल के धड़कन बन गइल बाड़ी. कबो सोचलहू ना रहली कि उनका भोजपुरी सिनेमा में ऊ जगहा मिल जाई जहाँ चहुँपे खातिर बड़का बड़का नायिका तरसेली. अनारा गुप्ता भोजपुरी सुपर स्टार रविकिशन, दिनेश लाल यादव, पंकज केसरी, आ सुशीलो सिंह के नायिका बन के ऊ यादगार फिल्म दे चुकल बाड़ी.

आजुकाल्हु अनारा इकबाल बख्श के भोजपुरी फिल्म हम हईं मुन्ना भईया ले के फेर चरचा में बाड़ी. जेही फिल्म के ट्रायल देखल सभे के एके कहना बा कि सुशील सिंह के एक्शन आ अनारा गुप्ता के सेक्सी लुक दुनु एह फिल्म में देखे लायक बा. अनारा गुप्ता इकबाल बख्श के जमके तारीफ करतारी आ कहली कि इकबाल जी से ढेरे कुछ सीखे के मिलल.

अनारा गुप्ता के केहू गॉड फादर नइखे. तबो अपना बलबूते भोजपुरी सिनेमा में छा जायेवाली अनारा आज हर कैंप के पसन्द बाड़ी. अनारा गुप्ता के आवे वाली फिल्मन के नाम ह हमार ललकार, बतासा चाचा, तेजाब, दिल तोहरे प्यार में पागल हो गइल, आज के विधायक.

हम हईं मुन्ना भईया के निर्माता संजय निषाद आ गौतम निषाद हउवे.


(स्रोत : )

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts