भोजपुरी के पांच गो सुपर स्टार पहिला बेर एक साथ
-

ई पहिला मौका रहल जब सिनेमा भोजपुरी के पाँच गो सुपरस्टार एक साथे नजर अइलें. मौका रहल मनोज तिवारी के सुंदरवन वाला अपार्टमेंट के घरभोज के. एह मौका के गवाह बनली भोजपुरी सिनेमा के दू गो बेहतरीन अभिनेत्री आ नंबन वन खलनायक संजय पांडे.

घरभोज में चहुँपल लोग एह पाँचो स्टार के एक संगे देख के कहल कि सिनेमा भोजपुरी के ई गो यादगार पल बा. मनोज तिवारी के बधाई देबे सबले पहिले चहुँपल रहलें विनय आनंद, ओकरा बाद अइलें दिनेशलाल यादव ’निरहुआ’, फेरू पवन सिंह आ तब पहुँचले रवि किशन. एह सितारन के केमरा में कैद करे खातिर होड़ लागल रहे कैमरामैनन में. बद में सभे एक साथे बइठ के खाना खाइल आ तब चारो सुपरस्टार अपना अपना घरे गइलन.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts