भोजपुरी सिनेमा जगत के हलचल (15 जून)
-

SajnaMangiyaSajaiDaHamarमैनास प्रोडक्शन प्रा लि के बैनर में निर्माता हलचल सिंह के भोजपुरी फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के पहिला झलक पिछला दिने जारी कइल गइल. ई फिलिम जून के आखिरी हफ्ता में बिहार आ झारखण्ड के सिनेमाघरन में रिलीज होखे वाली बा. (रामचंद्र यादव)


‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ में बालेश्वर सिंह के खूंखार तेवर देखे के मिले वाला बा. प्रेमी प्रेमिका के बीच प्यार के खिलाफत करत बालेश्वर सिंह के निर्दयता देखे जोग बा. फिलिम जून के आखिरी हफ्ता में बिहार झारखण्ड में रिलीज होखी. (रामचंद्र यादव)


‘फिर दौलत की जंग’ के सेंसर प्रमाणपत्र मिल गइल. विराज भट्ट आ अक्षरा सिंह के मुख्य भुमिका वाली एह फिलिम के किशोरी फिल्म्स के बैनर तर निर्माता धुपेन्द्र भगत बनवले बाड़न आ निर्देशक हउवन रत्नेश सिंहा. (शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)


‘जो जीता वही सिकंदर’ के डबिंग करवलन आनंद मोहन. आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के परोसल आ ए.एस पिक्चर्स के बैनर तर बनल एह फिलिम के निर्देशक अजय कुमार झा आ निर्माता अनुज कुमार हउवन. मुख्य कलाकार बाड़े खेसारी लाल यादव आ प्रियंका पंडित.(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)


निर्मात्री रेखा सिन्हा आ निर्देशक रवि सिन्हा के चर्चित भोजपुरी फिलिम ‘हथकड़ी’ के पोस्ट प्रोडक्शन के काम शुरु हो गइल बा. एह फिलिम में भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव, खेसारी लाल यादव, अंजना सिंह, नवोदित स्वप्ना बनर्जी वगैरह के मुख्य भूमिका बा. (शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)


तिरुपति बालाजी मोशन्स पिक्चर्स प्रा० लि० के बैनर तर बनल भोजपुरी फिलिम ‘बाज़ीगर’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ जल्दिए ई दर्शकन का सोझा होखी.(संजयभूषण पटियाला)


– अधिक जानेला नीचे दिहल टैग पर क्लिक करीं.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts