मनोज तिवारी के ‘अपने बेगाने’ अब मुंबई में
-

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी के फिल्म ‘अपने बेगाने’ मुंबई में 24 फरवरी के शानदार तरीका से रिलीज कइल जाई. बिहार में ई फिल्म पहिलही सफलता के रिकार्ड बना चुकल बिया. एह में मनोज तिवारी के जबरदस्त एक्शन बा. पारिवारिक पृष्ठभूमि वाला कहानी पर बनल एह मनोरंजक फिल्म में दर्शकन के मनोज तिवारी के एगो नया अवतार देखे के मिली.

‘अपने बेगाने’ में मुख्य किरदार मनोज तिवारी, विक्रांत, मोनालिसा, अवधेश मिश्रा, कल्पना शाह, रीना रानी, सीमा सिंह, अयाज खान, गोपाल राय, देव मल्होत्रा, अली खान, हीरा यादव, रामेश्वर शर्मा, रीना सिंह आ सेजल जइसन मँजल कलाकार बाड़े. बहुते भव्य तरीका से बड़हन सेट्स पर फिल्मावल एह फिल्म के तकनीकीओ रूप से बहुत मजबूत बतावल जात बा. गानो बहुते निमन बा. गीतकार हउवे विनय बिहारी, प्रमोद पाण्डे आ सच्चिदानंद कवच. संगीत दिहले बाड़े राजेश गुप्ता-गुणवंत सेन. आ गाना गवले बाड़ें मनोज तिवारी, उदित नारायण, इंदू सोनाली, दीपा घोष, सुप्रिया आ पामेला जैन.

एकरा के कमाल के फिलिम बतावत मनोज तिवारी कहले कि ‘अपने बेगाने’ के दर्शक खूब पसंद करीहें. एह फिल्म के राजस्थान के खूबसूरत लोकेशन पर फिल्मावल गइल बा.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts