मनोज पाण्डेय के ‘नजर लागल राजा तोरे बंगले पे’ के संगीतमय मुहूर्त
-

एक्सलेंट फिल्म इंटरनेशनल प्राइवेट लिमिटेड के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘नजर लागल राजा तोहरे बंगले पे’ के संगीतमय मुर्हूत पिछला दिने अंधेरी ओशिवरा के एगो स्टूडियो में नारियल फोड़ के कइल गइल. एह पूरा तरह से रोमांटिक आ एक्शन प्रधान फिल्म में मनोज पाण्डेय आ अंजना सिंह के जोड़ी एक बेर फेर परदा पर नजर आवे वाली बा. शूटिंग 5 सितम्बर से उत्तर प्रदेश के बलिया शहर में कइल जाई. एह फिल्म से नवोदित एक्टर अंजनी सिंह के सिनेमा भोजपुरी में ले आवल जात बा.

फिल्म के निर्माता एक्सलेंट फिल्म इंटरनेशनल प्राईवेट लिमिटेड, निर्देशक शमीम सैय्यद, संगीत राज सेन, फाईट शकील शेख, लेखक-गीत भीरूगवृन्दा हउवें.

मुख्य कलाकारन में मनोज पाण्डेय, अंजना सिंह, नवोदित अंजनी सिंह, आलोक यादव, जसवंत कुमार आ अयाज खान के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts