मेडिकल पीजी में दस हजार सीट बढ़ावल जाई
-

केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री गुलाम नबी आजाद कहले बाड़न कि अगिला तीन साल में देश में मेडिकल पीजी के दस हजार सीट बढ़ा दिहल जाई जेहसे कि विशेषज्ञ डाक्टरन के कमी दूर हो सके. एकरा अलावे केन्द्र सरकार देश के एक सौ पिछड़ा जिला के चुनले बिया जहवाँ स्वास्थ्य के सुविधा बढ़ावल जाई. जइसे कि हर जिला में एक सौ मरीज के चुनल जाई जवना के कीमोथेरापी पर प्रति मरीज एक लाख रुपिया केन्द्र सरकार खर्च करी. दस लाख के आबादी वाला हर शहर में मलिन बस्ती में रहे वालन के स्वास्थ्य जाँच आ इलाज के सुविधा दिहल जाई.गरीबी रेखा के नीचे वाला मरीजन के हृदय, किडनी, आ लीवर वगैरह के बीमारी के पूरा खर्चा केन्द्र सरकार दीहि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts