रफ्तार धइले अभिनेता दीपक दूबे
-

भोजपुरी परदा के नयका सितारा दीपक दूबे के कैरियर अब रफ्तार पकड़े लागल बा. ‘बृजवा’ से भोजपुरी परदा पर इंट्री मारे वाला दीपक दूबे के अबहो ले ‘तू ही मोर बालमा’ आ ‘मार देब गोली केहूं ना बोली’ जइसन सुपरहिट फिलिम रिलीज हो चुकल बाड़ी स.

एगो अउर फिलिम ‘बुलंदी’ अब रिलीज खातिर तइयार हो चुकल बा जवना में दीपक एक्शन भूमिका में बाड़न. फिलिम में इनकर नायिका बनल बाड़ी राखी त्रिपाठी.

दीपक जल्दिये निर्मात्री रीता प्रकाश आ निर्देशक पारसनाथ सिंह के फिलिम में नजर अइहे. अबही एह फिलिम के नाम नइखे धराइल बाकिर नायिका तनूश्री रहीहें.

एकरा अलावे दीपक दूबे जीतेश दूबे के फिल्म ‘मुन्नी बदनाम भईल सईया तोहरे खातिर’ में रानी चटर्जी का साथे नजर अइहे,


(प्रशांत निशांत के भेजल रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts