लालू प्रसाद से इस्तीफा मँगले अखलाक
-

पिछला विधानसभा चुनाव में राजद के मिलल हार के जिम्मेदार राजद के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद के बतावत पूर्व मंत्री अखलाक अहमद उनकर इस्तीफा मँगले. लालू का सामने उनुके पार्टी का बइठका में उनके कवनो नेता उनुकर इस्तीफा माँग लेव ई पहिले सोचलो ना जा सकत रहुवे. बाकिर समय का फेर में आपन राजनीतिक ताकत गँवा चुकल लालू के इहो दिन देखे के पड़ल. बाकिर अइसन ना कि बाकियो लोग उनका विरोधे में बा. अखलाक अहमद के भाषण का तुरते बाद ओहिजा मौजूद बिहार राज्य राजद अध्यक्ष डा॰ रामचन्द्र पूर्वे आ प्रधान महासचिव रामकृपाल यादव एकरा के अनुशासन हीनता बतावत अखलाक का खिलाफ कार्रवाई के बाति कहलें. केहू अखलाक के समर्थक ना निकलल आ उनुका के साफ कह दिहल गइल कि पार्टी छोड़ के जाये के बा त जा, जबरिया शहीद बने के कोशिश मत करऽ.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts