लीक से हट के एगो नया प्रोग्राम खरकट न्यूज
-

भोजपुरी टीवी चैनल महुआ टीवी पर हर शनिचर साँझ साढ़े छह बजे से एगो अइसन कार्यक्रम प्रसारित कइल जाले जवन लीक से हट के बा. भागदौड़ वाली जिनिगी में राहत के सुकून देबे वाला एह कार्यक्रम के नाम हऽ खरकट न्यूज. समाचार प्रस्तुति का अंदाज में न्यूजरीडर सलीम आ अनारकली के जोड़ी एह कार्यक्रम में समाचार का तह में ना जा के ओकर सतही तरीका से विश्लेषण पेश करेले. आ एकरा माध्यम से समाचार का बहाने दर्शकन के भरपूर मनोरंजन मिल जाला.


खरकट न्यूज में बहुचर्चित लोग के एह तरह से चित्रण कइल जाला कि रउरा हँसत हँसत लोटपोट हो जाईं. अतने ना समाज में होखे वाला कई घटना के खबर कुमार लैला एह अंदाज में पेश करेली कि ओह समस्या पर चुटीला व्यंगो हो जाव आ घटना के एगो नया एंगल से देखे के मौको मिलो.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

5 Comments

  1. malay

    kharakat news k kuno jod naikhe e ta bejod baa

    Reply
  2. mansi

    kharkat news mahuaa ke best show baa. aeker time 8 bje kail jao.mangri mangru ke wapas lao .

    Reply
  3. kiran

    is programme ke jo director sahab hai unko bahut bahut dhyanbad jinhone aisa programme banaya .unko khass taur se aur baki teem ko bhi shubkamna

    KIRAN PARI

    Reply
  4. surbhi

    e programme bahut badhiya ba bakir ahme phirse mangru,mangri a laila ke daala jao oo log kenok jhok bahut kamal ke lagela ye request ba director sahab se khass taur se

    surbhi
    chapra

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts